एह कोर्स में राउर हार्दिक स्वागत बा ।😊
हमार विश्वास करीं भोजपुरी भाषा सीखल आ बोलल कउनो मुश्किल काम नइखे। अगर राउर सोच लीं की हमरा भोजपुरी सीखे के बा त सीखल कउनो पहाड़ काम नइखे आ एह काम में राउर मदद करीं बिहार लोक गीत के इ पेज भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri language.
कउनो काम के शुरुआत पहिला कदम से होला, हमनी के भोजपुरी आसान आ हर रोज इस्तमाल में आवे वाला शब्दन आ वाक्यन छोट छोट पेज में बाट दीहल बा, जेसे रउरा भोजपुरी भाषा सीखे में आसानी होखे।
इहां तक पहुँचे खातिर रउआ पाहिले दिहल शर्त के निभावे के होखी -
- सबसे पहिले संकल्प करे के होखी ,फिर
- ओह संकल्प के पूरा करे के खातिर प्रयत्न करे के होखी अऊर
- ओह प्रयत्न के तब तक जारी रखे के होखी ,जब तक की रउआ लक्ष्य तक भली भांति पहुँच नइखी जात।
अऊर हमरा पूरा विश्वास बा की एह तीनो शर्त के माने खातिर रउआ पूरी तरह से तैयार बानी।बस समझ लीही की रउआ भोजपुरी बोले के कला में निपुण हो गइनी ।एगो उक्ति बा-Well begun is half done -अर्थात कवनो काम ठीक विधि से शुरू कइल जाइ, त समझे के चाहीं कि आधा काम पूरा हो गईल।त आईं चली हमरा साथे पहिला अभियान पर।
हमार शुभकामना बा कि राउर जतरा शुभ होखे ।
[ads id="ads1"]
भोजपुरी में उपयोगी वाक्यांश: Useful phrases in Bhojpuri:-
नीचे दिहल वाक्यन आ शब्दन के पढ़ीं आ बार बार पढ़ीं, जवना से रउवा लय में बोले लगेब।
Hindi | English | Bhojpuri |
---|---|---|
Door jaao दूर जाओ | Go away | दूर जो / दूर जा |
Seedhe jaao सीधे जाओ | Go straight | सीधे जा |
Achchhaa chalte hai! अच्छा चलते है ! | Goodbye! | अच्छा ठीक बा चलतानी! |
Bahut hain बहुत है | It’s too much | बहुत बा |
Main abhee aa rahaa hoon मैं अभी आ रहा हूँ | Just coming | हम अब्बे आवत बानी / हम अब्बे आवतानी |
Chup raho चुप रहो | Keep quiet | चुप रहव |
Kabhee Nahee कभी नहीं | Never | कबो ना |
Koi baat nahee कोई बात नहीं | No problem | कउनो बात ना |
Nahee, kabhee nahee नहीं, कभी नहीं | No, not at all | ना कबो ना |
Jaraa saa bhee nahi! जरा सा भी नहीं ! | Not the least! | तनको ना |
Aur kuchh nahee और कुछ नहीं | Nothing else | अउरी कुछु ना |
Koi khaas baat nahee कोई खास बात नहीं | Nothing special | कउनो खास बात ना |
Achchhaa अच्छा | O.K. | अच्छा |
Beshak/Haan, Haan बेशक /हाँ ,हाँ | Of course | ह एकदम |
Band karo बंद करो | Pack up | बंद कर |
Bharosaa rakhen भरोसा रखें | Rest Assured | भरोसा रखीं |
Phir Milenge फिर मिलेंगे | See you again | फेर मिलेब / मिलेम |
[ads id="ads2"]
Best Way to take maximum benefit of भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri Language Lessons:
1. Read Hindi, English & Bhojpuri sentences and understand the meaning.
---------> हिंदी, अंग्रेजी और भोजपुरी वाक्य पढ़ें और अर्थ समझें।
2. Second time read only Bhojpuri sentences and pronounce each word correctly.
---------> दूसरी बार केवल भोजपुरी वाक्य पढ़ें और प्रत्येक शब्द का सही उच्चारण करें।
3. Keep on reading and practicing till your pronunciation becomes perfect.
---------> तब तक पढ़ते रहें और अभ्यास करें जब तक कि आपका उच्चारण सही न हो जाए।
4. Thereafter focus on reading Bhojpuri sentences to achieve your natural speaking rhythm.
---------> तत्पश्चात भोजपुरी वाक्यों को पढ़ने के लिए अपने प्राकृतिक बोलने की लय को प्राप्त करने पर ध्यान केंद्रित करें।
5. Repeat the Bhojpuri sentences in front of your companion or mirror.
---------> अपने साथी या दर्पण के सामने भोजपुरी वाक्यों को दोहराएं।
6.Correct pronunciation, achieving the rhythm and repeating the sentences will improve your confidence & command over Bhojpuri Speaking Skill and Bhojpuri language.
---------> सही उच्चारण, लय हासिल करना और वाक्यों को दोहराने से भोजपुरी स्पीकिंग स्किल और भोजपुरी भाषा पर आपका विश्वास और कमांड बेहतर होगा।

इ पेज बनावला के मुख्य उदेश्य बा की भोजपुरी सीखे वाला के सहायता कइल आ भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावल। येही मकसद से बिहारलोकगीत डॉट कॉम पर भोजपुरी भाषा सीखे! (Learn Bhojpuri) पेज बनावल गईल बा, जे भोजपुरी सीखे के चाहत बा भा जाने के इच्छा रखत बा त वो लोग ख़ातिर भी इ पेज बहुत उपयोगी बा।
बिहारलोकगीत डॉट कॉम के कोशिश बा की लोग ज्यादा से ज्यादा भोजपुरी भाषा सीखे आ भोजपुरी भाषा बोले।
एह पर भोजपुरी के आसान वाक्य आ हर रोज उपयोग में आवे वाला वाक्यन के संग्रह कइल गइल बा, जेसे रउवा सब के भोजपुरी भाषा सीखे आ बोले में आसानी होखे।
अगर रउवो लगे भोजपुरी वाक्यन के संग्रह बा त बिहारलोकगीत डॉट कॉम के भेज दीं। राउर वाक्यन के बिहारलोकगीत डॉट कॉम के एह पेज प जोड़ दीहल जाई।
Post a Comment