भाषा सीखेंभोजपुरी सीखें

कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम | Body Parts Name in Bhojpuri : बारहवां दिन

एह कोर्स में राउर हार्दिक स्वागत बा ।😊


हमार विश्वास करीं भोजपुरी भाषा सीखल आ बोलल कउनो मुश्किल काम नइखे। अगर राउर सोच लीं की हमरा भोजपुरी सीखे के बा त सीखल कउनो पहाड़ काम नइखे आ एह काम में राउर मदद करीं बिहार लोक गीत के इ पेज भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri language.

भोजपुरी के खाटी शब्द आ बोल चाल में काम आवे वाला शब्द बिलुप्त होखत जाता आ ओकर जगह हिन्दी आ अंग्रेजी शब्द लेत जाता, जरुरी बा की हमसब आपन इ धरोहर के सहेज के रखस।
बिहारलोकगीत डॉट कॉम के प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत बिहारलोकगीत लेके आइल बा देहि के अँग नाव एह पेज प भोजपुरी के बोल चाल में प्रयोग होखे वाला देहि के अँग के नामन के संग्रह कइल गइल बा।
कुछ कमी बेसी हो सकेला, तऽ टीम बिहारलोकगीत रउवा से निहोरा करता अगर रउवा कतहुँ गलती लउकता तऽ जरूर बताइ, हमनी के जरूर सुधार करेम सन।
हमार शुभकामना बा कि राउर जतरा शुभ होखे ।

भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम | Body Parts Name in Bhojpuri:-

हिंदीEnglishभोजपुरी
 सरHeadमूड़ी/बरमंड
माथा / ललाट Foreheadलिलार/कपार
जबड़ाJawचँउड़ि
बाल Hairबार/केशि/झोंटा
कानEarकान
कनपट्टीTempleकनपपट्टी
आँखEyesआँखि
पलक Eyelashपपनी
पुतली (आँख की )Eyeballपुतरी
पलक eyelidबरउनी
नाकNoseनाक
ठुड्डीChinलोला/ठोड़ी
गालCheeksगाल(गलफर)
थूथन( नाक के आगे को उभड़ा हुआ भाग)Snoutथुथुन
होंठLipओंठ
जीभTongueजीभि
दाँत Toothदांत/ दंत 
गर्दन Neckफफेला, गर्दन, घेट, गाला, टेटुवा, नटी, गटई, नटई, नरेठी, कण्ठ, काला, घेटी, घघेला,घेघ
 दाढ़ीBeardदार्ही
गलाThroatघेंटु/गर
कंधाShoulderकान्ह
पखुरा(मनुष्य के शरीर में कंधे के पास का वह भाग जहाँ हाथ जुड़ा रहता है।/बाँह का कंधे और कोहनी के बीच का अंश या अवयव)Shoulderपँखुरा
बांह Armबाँहि
कलाईWristकलाई
हाथHandहाथ
हथेलीPalmतरहथ्थी
अंगुलीFingerअंगुरी (हाथ के )
नाखूनNailनोह
अँगूठाThumbअंगूठा  
तर्जनीIndex fingerतरजनी
मध्यमिकाMiddle-fingerबिचिली,मध्यमा ,मामा अंगुरी
अनामिकाRing fingerअनमिका,अनामिका
कानी अँगुली,कनिष्ठाLittle fingerकानी अंगुरी
छाती/सीनाChestछाती
जठर,अमाशय,पेटStomachपेट/उदर/ओदर
पीठ Backपीठि/पीठ 
पसली Ribपँजरी
कमरWaistडाँड़/कुल्हा
जांघ/जंघाThighजाँह
घुटना Kneeठेहुना
पैर/टांगLeg/Footटँगरी/गोड़
गटाAnkle Boneघठ्ठी
एड़ीHeelएड़ी
तलवाSoleतरवा
चमड़ी/त्वचा Skinचाम
रोम /रौवां Hairरोवाँ
 

Best Way to take maximum benefit of भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri Language Lessons:

1. Read  Hindi, English & Bhojpuri sentences and understand the meaning.
———> हिंदी, अंग्रेजी और भोजपुरी वाक्य पढ़ें और अर्थ समझें।2. Second time read only Bhojpuri sentences and pronounce each word correctly.
———> दूसरी बार केवल भोजपुरी वाक्य पढ़ें और प्रत्येक शब्द का सही उच्चारण करें।3. Keep on reading and practicing till your pronunciation becomes perfect.
———> तब तक पढ़ते रहें और अभ्यास करें जब तक कि आपका उच्चारण सही न हो जाए।

4. Thereafter focus on reading Bhojpuri sentences to achieve your natural speaking rhythm.
———> तत्पश्चात भोजपुरी वाक्यों को पढ़ने के लिए अपने प्राकृतिक बोलने की लय को प्राप्त करने पर ध्यान केंद्रित करें।

5. Repeat the Bhojpuri sentences in front of your companion or mirror.
———> अपने साथी या दर्पण के सामने भोजपुरी वाक्यों को दोहराएं।

6.Correct pronunciation, achieving the rhythm and repeating the sentences will improve your confidence & command over Bhojpuri Speaking Skill and Bhojpuri language.

———> सही उच्चारण, लय हासिल करना और वाक्यों को दोहराने से भोजपुरी स्पीकिंग स्किल और भोजपुरी भाषा पर आपका विश्वास और कमांड बेहतर होगा।

रउवा खातिर:

कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :सातवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :आठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :नउवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :दसवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :ग्यारहवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : पहिला भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : दुसरका भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : तिसरका भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : चउथा भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : पांचवा भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : छठवाँ भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : सातवाँ भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : आठवाँ भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ :  नउवां भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ :  दसवां भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : ग्यारहवां भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : बारहवां भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : तेरहवां भाग

इ पेज बनावला के मुख्य उदेश्य बा की भोजपुरी सीखे वाला के सहायता कइल आ भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावल। येही मकसद से बिहारलोकगीत डॉट कॉम पर भोजपुरी भाषा सीखे! (Learn Bhojpuri) पेज बनावल गईल बा, जे भोजपुरी सीखे के चाहत बा भा जाने के इच्छा रखत बा त वो लोग ख़ातिर भी इ पेज बहुत उपयोगी बा।
बिहारलोकगीत डॉट कॉम  के कोशिश बा की लोग ज्यादा से ज्यादा भोजपुरी भाषा सीखे आ भोजपुरी भाषा बोले।
एह पर भोजपुरी के आसान वाक्य आ हर रोज उपयोग में आवे वाला वाक्यन के संग्रह कइल गइल बा, जेसे रउवा सब के भोजपुरी भाषा सीखे आ बोले में आसानी होखे।
अगर रउवो लगे भोजपुरी वाक्यन के संग्रह बा त बिहारलोकगीत डॉट कॉम के भेज दीं। राउर वाक्यन के बिहारलोकगीत डॉट कॉम के एह पेज प जोड़ दीहल जाई।

ध्यान दीं: भोजपुरी सीखे के खातिर बिहारलोकगीत.कॉम के फेसबुक पेज के लाइक करीं ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

error: Content is protected !!